धर्मनिरपेक्ष गणतांत्रिक सूत्र में बंधल नेपाल (भोजपुरी)

Dial down the FREE Subscription for such premium content on our YouTube channel. How to Add Subscribe Button on YouTube Videos (Subscribe Button PNGs)

कई साल से चलल आवत ओहिजा के आम आदमिन के आकांक्षा अउरी तनाव, हिंसा जईसन नकारात्मक पहलु प पूर्ण विराम लागाके नेपाल संविधान सभा एगो ऐतिहासिक संविधान के जन्म देले बिया| इ संविधान नेपाल के हिन्दू राष्ट्र से धर्मनिरपेक्ष गणतांत्रिक राष्ट्र में तब्दील कर देले बिया| नेपाल, संविधान सभा के जरिए सविधान लागु करिके एगो पैगाम पूरा विश्व के आवाम के डे देले बिया कि नेपाल के जनता आपन खुद निर्णय करे खातिर सक्षम बिया| सच में नेपाल खातिर एगो स्वाभिमान के विषय बा कि हाल में आइल प्राकृतिक आपदा से बहूत ज्यादा मानसिक रूप से प्रभावित नइखे भईल|

पूरा विश्व के अईसन फैसला के, अइसन सोच के स्वागत करे के चाही जवना से समस्त विश्व में एगो अच्छा सन्देश जाव लोकतंत्र के लेके| अइसन ऐतिहासिक मौका प नेपाल के जनता अपना अपना तरीका से जश्न मनावल ह लोग, जवन की एगो सुखद अनुभव बा ओह लोग खातिर| अइसना में कई बात प विरोध के स्वर भी देखे के मिल रहल बा जवन कि स्वाभाविक बा| कोई भी संविधान जब बनेला तब उ परफेक्ट ना रहेला धीरे धीरे समयानुसार संसोधन से परफेक्ट बनावल जाला|

Decoding World Affairs Telegram Channel

‘नेपालको संविधान’ के संरचना अउरी इतिहास

नेपाल के एह संविधान के इतिहास बहूत पुराना नइखे| इ संविधान, 2006 में माओवादी अउरी कुछ राजनितिक दल मिल के बीच एगो शांति समझौता प हस्ताक्षर कईला के बाद शुरू भईल शांति समझौता के परिणामस्वरुप एगो निष्कर्ष के रूप में निकल के आइल रहे| इ समझौता मूल रूप से देश में बढ़त हिंसा के मद्देनजर भईल रहे| ओकरा बाद बरिसन भर पुरान राजशाही साम्राज्य के अंत अउरी कानून के नया किताब लिखे के निर्णय के बाद नेपाल के गणतांत्रिक देश घोषित कईल गईल रहे|

2008 में पहिला बार माओवादी लोग संविधान सभा के चुनाव जितके एकर गठन कईले रहे लोग अउरी राजशाही समाप्त कईल गईल रहे, लेकिन संविधान सभा बहूत बार समयसीमा में एकर प्रारूप तईयार करे अउरी जारी करे में असफल रहल रहे| एकरा पीछे मुख्य कारण रहे संघीय संरचना के लेके विभिन्न राजनितिक दल के विचार में अंतर| दूसरा संविधान सभा के गठन 2013 के अंत में भईल रहे जवना के प्रभाव मूल रूप से 2014 के शुरूआती दौर में आइल| ओकरा बाद अमूमन 20 महिना में एह किताब के पूरा प्रक्रिया मुक्कमल कईल गईल अउरी सितम्बर 2015 में जबर्जस्त बहुमत के बदौलत एकरा के अपना लिहल गईल|

नेपाल के सविधान के संरचना में 35 खंड, 308 अनुच्छेद अउरी नौ गो अनुसूची समेत 37 अध्याय शामिल बा| संविधान के तहत दुनो सदन वाली संसद, एगो सदन वाली विधानसभा और तीन गो  ज़िला, प्रांतीय और संघीय स्तर पर तीन स्तरीय न्याय पालिका के व्यवस्था बा| नेपाल में अब सात गो नया राज्य होई| एकर पहिला मूल सिधांत संघवाद अउरी दूसरा मूल सिधांत धर्मनिरपेक्षता बा| इन्क्लूसिवनेस यानी आर्थिक समानता आधारित समतामूलक समाज के कल्पना कईल गईल बा, जबकि पुरनका ढांचा में एके समुदाय के प्रभुत्व रहे|

See also  India's Policy Options in Middle-East

नेपाल के महिला के विदेशी मूल के लोग से शादी करे प ओह लोग के लईका आ लईकिन दुनो के नेपाल के नागरिकता प्रदान करे के भी व्यवस्था कईल गईल बा| नएका संविधान के तहत न्यायिक परिषद सुप्रीम कोर्ट,  हाईकोर्ट और जिला जज के नॉमिनेट करी| अब नेपाल में संसदीय सरकार होई जवन संविधान परिषद मुख्य न्यायाधीश के नियुक्ति करी| संविधान के एह प्रस्तावना में बहुदलीय लोकतांत्रिक प्रणाली, मानवाधिकार, वोट देवे के अधिकार, प्रेस के आजादी, अउरी कानून आधारित समाजवाद के बुनियाद के भी बात कहल गईल बा|

नेपाल संविधान के विशेषता अउरी भारत के हस्तक्षेप

अमरीका, चीन, ब्रिटेन अउरी भारत समेत नेपाल के सभी विदेशी दोस्त लोग संविधान के पूरा भईला प प्रशंसा कईल ह लोग| ‘नेपालको संविधान’ के एगो अउरी खास बात इ बा कि आरक्षण अउरी कोटा व्यवस्था के ज़रिए वंचित, क्षेत्रीय और जातीय समुदाय के सशक्तिकरण के व्यवस्था भी संविधान में कईल गईल बा| मूल निवासि, दलित, अछूत अउरी महिला खातिर स्थानीय प्रशासन, प्रांतीय और संघीय सरकार से लेके हर स्तर पर आरक्षण के प्रावधान तक कईल गईल बा| संविधान में तीसरा लिंग यानी थर्ड जेंडर के भी मान्यता देल गईल बा| नएका संविधान के एगो अउरी रोचक बात इ बा कि एहमे सभ जाती के भाषा के मान्यता देल गईल बा| प्रांतीय सभा के आपन आधिकारिक भाषा चुनने के अधिकार भी देल गईल बा|

भारत के कवनो खास अधिकार त ना होखे के चाही हस्तक्षेप करे के लेकिन शक्तिशाली पडोसी देश होखे के नाते सलाह के रूप में कुछ सुझाव जरूर साझा करे के हक़ बा काहे कि ओह में भारत से जुडल भी मुद्दा बा| भारत नेपाल के साथ सिर्फ़ सीमा ही ना बल्कि संस्कृति भी साझा करेला| अइसना में नेपाल में भारत के बहुत कुछ दांव प बा| यदि दक्षिणी नेपाल में हिंसा होई तब उत्तर भारत प एकर व्यापक असर होई एह में कवनो दू राय नइखे| लोग आपन जान बचाके भारत आई ठीक ओसही जइसन कि पश्चिमी एशिया में लगले भईल रहल ह| सोशल मीडिया प जवन हैशटैग #बैकऑफ़इंडिया ट्रेंड चलल ह ओह में बाहरी देश जईसे पाकिस्तान अउरी चीन के भी हाथ होखे के खबर आइल बा|

See also  रोहिंग्या मुस्लिम को लेकर भारतीय राजनीती में उठापटक

माओवादी कार्यकर्ता लोग दर्रा प सीमा व्यापार के बढ़ावे के लेके जवन भारत अउरी चीन के बीच समझौता कर रहल बा ओकर पुरजोर तरीका से विरोध करता लोग| एकर सीधा मतलब इ भईल कि माओवादी लोग इ नइखे चाहत कि संविधान में कुछ अइसन प्रावधान होखो जवना से भारत के महत्व के नेपाल में बढ़ावे के काम होखे| चूंकि मधेशी भारत के करीब बा अउरी उनकर सांस्कृतिक-सामाजिक सरोकार भारत से ही बा एह से यदि संविधान में ओह लोग के पर्याप्त महत्व देवल गईल त संभव बा कि भारत के स्वयं ही महत्व प्राप्त हो जाई| एह बात के भय मावोवादी लोगन में बा| अइसना में भारत के सवाल उठावल पडोसी देश के लहिजा से फर्ज बा अउरी लागु करे के नेपाल के पास पॉवर बा|

चुनौती अउरी विरोध के स्वर

दक्षिणी नेपाल के मधेसी और थारू जईसन अल्पसंख्यक समूहन के चिंता के निवारण नइखे कईल गईल जवना चलते लगातार विरोध के स्वर देखे के मिल रहल बा| प्रस्तावित सात राज्य के नाम अउरी सीमा अभीले तय नइखे भईल| इ एगो बेहद जटिल अउरी विवादित मुद्दा बा| देश के दक्षिणी तराई इलाका अउरी पश्चिमी इलाक़न में एह प्रस्ताव के लेके हिंसक प्रदर्शन भी भईल बा| कई गो जातीय समूह अउरी महिला अधिकार कार्यकर्ता अधिक अधिकार के मांग कर रहल बा लोग|

जनसंख्या के आधार प जातीय समूह के हर स्तर प प्रतिनिधित्व के मांग कईल जा रहल बा| इहो एगो काफी महत्वपूर्ण चुनौती बा| नेपाल के बहु-जातीय अउरी भौगोलिक विविधता के नजरिया से इ एगो बेहद मुश्किल अउरी जटिल काम बा| नेपाल में 100 से ज़्यादा जातीय समूह अउरी बहुते भाषा बा| कईगो जातीय समूह हमेशा से हाशिए प रहल बा अउरी मुख्यधारा से बाहर रहल बा| एह समूहन के लागत बा कि प्रस्तावित संघीय ढांचे में ओह लोग के चिंता अउरी पीड़ा के निवारण नइखे कईल गईल|

एगो अउर भी पहलु बा भारत के विरोध के, अब नएका संविधान में तराई के जिला के एह तरह से समायोजित करल जा रहल बा जवना से मधेशी आपन लोकतांत्रिक शक्ति के प्रयोग प्रभावशाली ढंग से ना कर सकें। नएका संविधान में नेपाल के शासकीय संरचना के समावेशी तत्व आवे वाला समय में कमजोर हो सकत बा, जवन मधेशि अउरी दलित या अल्पसंख्यक के लिहाज से बेहतर ना होई। सबसे गम्भीर मामला नागरिकता वाला बा| संविधान के नए मसौदा के अनुसार भले विदेशी मर्द से शादी करे वाला औरतन के बचन के नेपाल के नागरिकता भले मिल जाव, लेकिन ओहिजा एगो कंडीशन बा|

See also  Israel-Palestine conflict: The roots of Jews-Muslims clashes

विदेशी नागरिक से विवाह करे वाला नेपाली नागरिक के संतान के अंगीकृत नागरिकता देवे के प्रावधान कईल गईल बा| एह से होई का कि नेपाल में सविधानिक पद प नियुक्ति से वंचित होखे के पड़ी| कहीं अइसन त नइखे नु कि एह नेपाली संविधान प चीनी प्रभाव के परिणामस्वरूप होखत होखे सारा प्रक्रिया| जवन भी होखे, जवना तरह से संविधान के मसौदे में मधेशि लोगन के उपेक्षा कईल गईल बा, उ बता रहल बा कि नेपाल प अइसन दल, विचारधारा अउरी देश के प्रभाव बा जवन नेपाल में भारत के हित के कमजोर करे के चाह रहल बा|

अंत में निष्कर्ष के रूप में हम इहे कहल चाहब कि बड़ा ख़ुशी के बात बा कि नेपाल लोकतंत्र के तरफ बढ़ल| लेकिन अभी भी काफी कुछ असंतुलित बा जेकरा के संतुलित कईला बगैर सम्पूर्ण लोकतंत्र के सपना नइखे देखल जा सकत| चुकी नेपाल इंधन खातिर भी भारत प निर्भर बा| एकरा अलावां भूभाग, श्रम जईसन बहूत सारा चीज प निर्भर बा एह से भारत के रिश्ता अच्छा बना के चले के चाही| भारत हमेशा यथासंभव मदद कईले बा|

भारत कवनो अइसन सलाह भी नइखे देत जवना से संविधान के क्षति होखे| बल्कि अहिंसा के रास्ता के सहारे समानता के बात करत बा| खासकर दक्षिणी नेपाल के लोगन के लेके जवन वैश्विक राजनीती में फस रहल बा ओह से निकलल जरूरी बा| चुकी वैवाहिक सम्बंध भी बिहार अउरी उत्तर प्रदेश के पड़ोसी जनपद के साथ-साथ अन्य भारतीय क्षेत्र से भी होत आइल बा| एगो एह प्रकार के भी रिश्ता भारत से बा जवना के सम्मान करे के चाही|

नोट:- हमार इ लेख हेल्लो भोजपुरी’ पत्रिका में छप चुकल बा|

Spread the love

Support us

Hard work should be paid. It is free for all. Those who could not pay for the content can avail quality services free of cost. But those who have the ability to pay for the quality content he/she is receiving should pay as per his/her convenience. Team DWA will be highly thankful for your support.

 

Be the first to review “धर्मनिरपेक्ष गणतांत्रिक सूत्र में बंधल नेपाल (भोजपुरी)”

Blog content

There are no reviews yet.

Decoding World Affairs Telegram Channel
error: Alert: Content is protected !!